छठ पर्व : प्रकृति संरक्षण, लोकआस्था अउर भोजपुरिया संस्कृति के अटूट प्रतीक

0

लेखक : प्रकाश प्रियांशु

भारतीय लोक संस्कृति में छठ पर्व के एगो अद्वितीय स्थान बा। ई पर्व भोजपुरिया लोगन के आत्मा हऽ, जवना में प्रकृति, आस्था, अनुशासन आ लोक-संगीत के अद्भुत संगम देखे के मिलेला। छठ पर्व केवल पूजा ना, बलुक प्रकृति के सम्मान, स्वच्छता, आत्मसंयम आ लोकसामूहिकता के संदेश देला। छठी मइया आ सूर्य देवता के आराधना के रूप में ई पर्व मानव आ पर्यावरण के बीच गहिर संबंध के प्रतीक के रूप में परिलक्षित होला। एह कारण से छठ के सही मायने में ‘प्रकृति संरक्षण आ अटूट संस्कृति के प्रतीक’ कहल जा सकेला। अब तऽ ई पर्व खाली भोजपुरिया क्षेत्र तक सीमित नइखे, बलुक वैश्विक फलक पर प्रतिष्ठित हो चुकल बा।

छठ पर्व के ऐतिहासिक आ धार्मिक महत्त्व

छठ पर्व के उत्पत्ति के कथा बहुत पुरान बा। मानल जाला कि महाभारत के समय कुंती देवी सूर्य देव के आराधना कइली, जवना के चलते कर्ण के जनम भइल। एही श्रद्धा आ सूर्योपासना के परंपरा बाद में लोकजीवन में ‘छठ पूजा’ के रूप में स्थिर भइल। भोजपुरी अंचल में एह पर्व के मान्यता अटल बा, काहे कि ई धरती, जल आ सूर्य के सम्मान से जुड़ल बा। छठी मइया के पूजा में पारिवारिक समृद्धि, संतान-सुख आ लोक कल्याण के कामना कइल जाला।

छठ गीतन में पुरनापन आ लोकसुर के मिठास देखे के मिलेला। शारदा सिन्हा के प्रसिद्ध गीत एह भाव के सुंदर रूप में प्रस्तुत करेला-

“ऊ जे केरवा जे फरेला घवधऽ,
ओह पर सुगा मेड़राए।
मरबो रे सुगवा धनुख से,
सुगा गिरे मुरझाए।
ऊ जे सुगनी जे रोएली वियोग से,
आदित होई ना सहाय।”

प्रकृति संरक्षण आ पर्यावरण से जुड़ल परंपरा

एह गीत में प्रकृति (केला, पानी आदि) आ श्रद्धा (मइया के गौरव) के अद्भुत संगम बा। एह पर्व में गाँव-गाँव में नदी-तालाब के सफाई, घर-आँगन के धुलाई आ व्रती लोग के शुद्धता बनवले रखे के परंपरा बा। ई सभ पर्यावरण संरक्षण के व्यावहारिक रूप हऽ। छठ पर्व के परंपरा के मूल में ना केवल धार्मिकता, बल्कि वैज्ञानिक सोच आ लोकजीवन के एकरूपता बसल बा।

ये भी पढ़ें-खरना के दिन रिलीज हुए मनोज भावुक के दो नए छठ गीत, एक में सोशल मीडिया की धूम तो दूसरे में परदेशी पिया के इंतजार का दर्द

छठ पर्व के सबसे खास बात ई बा कि ई प्रकृति के प्रत्येक तत्व के आराधना सिखावेला। सूर्य देवता के अर्घ्य देवे के परंपरा के पीछे गहिर पर्यावरणीय अर्थ बा। जल में खड़ा होके अर्घ्य देवे के अर्थ बा जल के पवित्रता बनवले रखना, प्रकाश के स्वागत करना आ धरती के सम्मान करना।

छठी मइया के पूजा से पहिले घर-आँगन में गोबर से लीपल जाला। केला के पत्ता, बाँस के सूप आ मिट्टी के दीया सहित कई तरह के प्राकृतिक वस्तु उपयोग में आवेली। ई स्वदेशी परंपरा प्लास्टिक, रासायनिक वस्तु आ कृत्रिमता से दूरी बनावे के सीख देले।

शारदा सिन्हा के एगो अउरी गीत एह लोकभावना के बखूबी उतारेला-

“हो दिननवा के राजा भइल भोर भइल,
उगS हे सूरज देव, अरघ के बेर भइल।”

एह गीत में प्रकृति के गहिर अनुभूति बा। सूर्य के उगे के साथ श्रद्धा, उल्लास आ पवित्रता के भाव जागेला। छठ पूजा के बहाने जलस्रोत स्वच्छ बनावल जाला, वातावरण निर्मल होला आ लोग आपस में सहयोग करे लागेला। ई सभ प्राकृतिक संतुलन के हिस्सा हऽ। आधुनिक पर्यावरण संकट के बीच ई परंपरा हमनी के याद दिआवेला कि मानव के प्रकृति के रक्षक होखे के चाहीं, उपभोगी ना।

सामाजिक एकता आ सामूहिकता के पर्व

छठ पर्व भोजपुरिया समाज में सामाजिक एकता के सबसे सुंदर उदाहरण हवे। ई पर्व जात-पात, ऊँच-नीच आ गरीबी-अमीरी से ऊपर उठ के सबके एकजुट करेला। जब छठ आवेला त गाँव, टोला आ मोहल्ला के लोग एक साथ घाट सजावेला, दीया जलावेला, सूप बनावेला आ गीत गावे लागेला।

ये भी पढ़ें-जल, ज्योति और जनमन, छठ में झलकती लोकसंस्कृति की अमर ज्योति

एह पर्व के सामूहिकता के भाव भोजपुरी लोकगीत में गहराई से झलकेला। रिंकी पांडे के गावल एगो मधुर गीत में ई एकता साफ दिखाई देला—

“घाट पे गूंजे ला छठी मईया के गान,
मिलल सब जाति धरम के मान।”

एह गीत में लोकधुन के माध्यम से एकर सार्वभौमिकता के भाव बसल बा। औरतन के मेहनत, परस्पर सहयोग आ समाज के भागीदारी एह पर्व के आत्मा के दरसावेला।

सूर्य के अस्ताचल में जाए के समय लोग मिलके घाट पर गावे लागेला-

“कांच ही बांस के बहंगिया,
बहंगी लचकत जाय
बहंगी लचकत जाय
होई ना बलम जी कहरिया।”

ई गीत सामाजिक सहयोग के प्रतीक बन गइल बा, जवन बतावेला कि एकता आ सहकार के बिना कवनो लोकपरंपरा जीवित नइखे रह सकत। छठ पर्व एह अर्थ में सामाजिक समरसता के जीअत-जागत उदाहरण बा।

नारी शक्ति, अनुशासन आ वैज्ञानिक सोच

छठ पर्व में नारी के भूमिका केंद्र में बा। व्रती स्त्री तीन दिन तक बिना जल-अन्न ग्रहण कइले पवित्रता के पालन करेली। ई केवल धार्मिक अनुष्ठान ना, बलुक आत्मसंयम, तपस्या आ त्याग के रूपक दरसावेला। छठी मइया के पूजा के रूप में नारी अपना संपूर्ण सृजनशक्ति के अभिव्यक्ति करेली।

शारदा सिन्हा के प्रसिद्ध गीत कुछ एही तरह के भाव जगावेला—

“पहिले पहिल हम कईनी,
छठी मईया व्रत तोहार।
करिहा क्षमा छठी मईया।”

एह गीत में बेटी, बहू आ माई सभे पीढ़ी-दर-पीढ़ी परंपरा के निर्वाह करत बाड़ी। नारी के तपस्या आ त्याग के साथ-साथ घर आ परिवार के शांति आ मंगल के प्रतीक भी ई पर्व हऽ। प्रसाद बनावल, घाट सजावल आ गीत गावल—ई सभ क्रिया नारी के हाथ में बा। एह परंपरा में नारी खाली श्रद्धा के प्रतीक नइखी, बलुक संस्कृति के संवाहक भी बाड़ी। आज जब नारी सशक्तीकरण के चर्चा हो रहल बा, छठ पर्व नारी के शक्ति आ अनुशासन के सजीव उदाहरण पेश करेला।

ये भी पढ़ें-गंगा घाट, माई की ममता और परदेस में छठ की कसक

छठ पर्व के प्रत्येक परंपरा के पीछे वैज्ञानिक तर्क बा। अर्घ्य देवे के समय—सूर्य के अस्त होखे आ उगे के बेला—एह घड़ी पराबैंगनी किरण कम रहेली, जे शरीर खातिर लाभकारी होले। सूर्य के पूजा से शरीर में विटामिन डी बनेला। जल में खड़ा होके ध्यान करे से मानसिक शांति आ शारीरिक संतुलन बनल रहेला। उपवास के परंपरा शरीर के विषैले तत्व के बाहर निकाले में मदद करेला।

एह पर्व में बनल प्रसाद (गुड़, चना, केला, नारियल, ठेकुआ) सभ प्राकृतिक आ पोषक पदार्थ हऽ। ई पर्व सिखावेला कि जीवन में वैज्ञानिकता आ श्रद्धा दुनो एक साथ चल सकेला। पर्यावरणीय दृष्टि से छठ पूजा एगो आदर्श ‘इको-फ्रेंडली’ पर्व हऽ, जवन आज के समय में भी प्रासंगिक बा।

लोकगीत, सांस्कृतिक विरासत आ वैश्विक पहचान

छठ भोजपुरिया संस्कृति के जीवंत आत्मा हऽ। लोकगीत, लोकनृत्य आ लोकसंगीत सभमें छठ के सुगंध बसल बा। ई पर्व खाली पूजा ना, बलुक लोककला आ लोकसंगीत के महोत्सव हऽ। गाँव-गाँव में घाट पर बजत ढोलक-मंजीरा आ गूंजत गीत भोजपुरी समाज के सांस्कृतिक धरोहर बन गइल बा। शारदा सिन्हा के आवाज के बिना छठ अधूरा लागेला—

“केलवा के पात पर उगेलन सुरुज मल झांके ऊंके
केलवा के पात पर उगेलन सुरुज मल झांके ऊंके
हो करेलु छठ बरतिया से झांके ऊंके
हम तोसे पूछी बरतिया ऐ बरितया से केकरा लागी
हम तोसे पूछी बरतिया ऐ बरितया से केकरा लागी
हे करेलू छठ बरतिया से केकरा लागी।”

एह पर्व पर आधुनिकता के कवनो खास प्रभाव ना लउके। ई परंपरा अपना मौलिक रूप में जिंदा बा। लोकगीतन के माध्यम से छठ के भाव पीढ़ी-दर-पीढ़ी आगे बढ़ रहल बा। आज शहरी जीवन में भी जब छठ मनावल जाला, त ओहमें भी भोजपुरी लोकभावना के स्पर्श जरूर रहेला।

आधुनिक समय में जब पर्यावरण संकट, प्रदूषण आ सांस्कृतिक विखंडन के दौर बा, ओहमें छठ पर्व के महत्ता अउरी बढ़ गइल बा। ई पर्व सिखावेला कि सभ्यता के टिकाव प्रकृति के सम्मान में बा। शहर होखे या विदेश, भोजपुरी समाज जहाँ रहेला, उहाँ छठ के घाट सजावल जरूर देखाई देला। दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, लंदन, मॉरीशस, नेपाल आ अमेरिका—सभ जगह छठ पूजा भोजपुरिया पहचान के रूप में स्थापित हो गइल बा।

आम जन के लोकगीत में ई भाव बड़ी सहजता से मिलेला-

“देश-परदेश में मनाई छठी मइया,
जलवा तोहार अमर रहS।”

ई गीत बतावेला कि छठ के आत्मा ना देश-काल से बंधल बा, ना भाषा से। ई पर्व मानवीय अनुशासन, स्वच्छता आ परस्पर प्रेम के संदेश देला।

एह से कहल जा सकेला कि अब छठ पर्व खाली भोजपुरी समाज के हृदय में बसल एगो सनातन परंपरा नइखे रह गइल, बलुक अन्य समाज के लोग भी दुनिया के कोना-कोना में एह पूजा के करत बा। ई पर्व नारी-शक्ति, प्रकृति, अनुशासन आ सामूहिकता के संगम हऽ।

ये भी पढ़ें-ऑस्ट्रेलिया में छठ महोत्सव मना रहीं प्रियंका सिंह की आवाज में गूंजा संतान सुख का लोकगीत, छठी मइया से मांगी गोद भरने की अरदास

आज के समय में जब मनुष्य प्रकृति से कट रहल बा, तब छठ पर्व हमनी के याद दिआवेला कि “जल, धरती आ सूर्य बिना जीवन अधूरा बा।” छठी मइया के पूजा के साथ अगर हम प्रकृति के भी पूजनीय मान लीं, त पृथ्वी आ समाज दुनो स्वस्थ रह सकेला।

(लेखक मूलतः देवरिया जिले के निवासी, युवा शिक्षाविद एवं पश्चिम बंगाल में शिक्षा के क्षेत्र में कार्यरत हैं।)

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here