प्रकृति से जुड़ल जीवन अउर लोक आस्था के महापरब ह छठ

0

डॉ. मोहन पाण्डेय ‘भ्रमर’, कुशीनगर

मनुष्य के जनम से लेके ओकर पूरा जीवन प्रकृति के गोदी में बीतल बा। प्रकृति ही ओकरा के पाले-पोसेले, बढ़े के अवसर देले अउर जीवन के हर सुख-दुख में संगे रहेला। आखिर में मनुष्य के देह भी एह प्रकृति में ही विलीन हो जाला। एह तरह से देखल जाय त मनुष्य के जीवन प्रकृति से शुरू होके प्रकृति में ही समा जाला। भारतीय संस्कृति में प्रकृति के एह महत्त्व के बहुत पहिले से स्वीकार कइल गइल बा। एही से हमनी के संस्कृति में देवी-देवता, तिथि, नक्षत्र, ग्रह अउर प्रकृति के अलग-अलग स्वरूपन के पूजा-अर्चना के परंपरा रहल बा। एह पूजा के पीछे खाली व्यक्तिगत सुख के कामना ना, बल्कि समूचा संसार के कल्याण के भावना भी जुड़ल बा।

छठ पूजा भी मूल रूप से प्रकृति के प्रति अटूट आस्था, निष्ठा अउर समर्पण के महापरब ह। एह परब में प्रकृति के उपहार के प्रकृति के ही समर्पित कइल जाला। मान्यता बा कि त्रेता अउर द्वापर युग में भी छठ के कठिन बरत कइल जात रहे। नारद पुराण, ब्रह्मवैवर्त पुराण अउर स्कंद पुराण में भी एह परब के उल्लेख मिलेला। ब्रह्मवैवर्त पुराण में षष्ठी देवी के प्रकृति के छठवां अंश के रूप में वर्णन कइल गइल बा। मान्यता के अनुसार षष्ठी देवी समस्त संसार के कल्याण करे वाली देवी हई।

ये भी पढ़ें- शारदा सिन्हा: छठ गीतों की अमर आवाज और भोजपुरी लोकसंगीत की साधिका

आधुनिक समय में एह परब के व्यापक रूप से मनावे के परंपरा बिहार से आगे बढ़ल। बिहार के माई-बहिन लोग अपना संतान के सुख, बेटा के लंबा उमिर अउर परिवार के मंगल खातिर ई कठिन बरत कइली। धीरे-धीरे एह परब के महिमा बिहार के सीमा पार क के पूरा देश अउर विदेश तक पहुँच गइल। आज छठ खाली बिहार के ना, बल्कि पूरा भारत के एगो प्रमुख लोक आस्था के महापरब बन गइल बा।

चार दिन के कठिन साधना अउर प्रकृति के आराधना

छठ के परब कार्तिक शुक्ल पक्ष में मनावल जाला। ई चार दिन तक चले वाला कठिन साधना के परब ह। एकर शुरुआत नहाय-खाय से होला। एकरा बाद खरना के परंपरा निभावल जाला। फेर व्रती निर्जला उपवास रख के अस्ताचलगामी सूरज के अर्घ्य देलें। अगिला भोर नदी, पोखरा भा जलाशय में खड़ा होके उगत सूरज के अर्घ्य दिहल जाला। एह तरह से सूरज के अस्त होखे से लेके फेर से उगे तक के प्राकृतिक चक्र के प्रति आभार प्रकट कइल जाला।

छठ के हर सामग्री प्रकृति से जुड़ल बा

छठ पूजा के सबसे खास बात ई बा कि एह में इस्तेमाल होखे वाला लगभग हर सामग्री प्रकृति से मिलेला। पूजा में तरह-तरह के फल, फूल, वनस्पति, गन्ना, नारियल, केला अउर मौसमी फल चढ़ावल जाला। सूप, दउरा, बलिया, माटी के बरतन अउर अन्य सामग्री भी समाज के अलग-अलग कारीगर वर्ग के मेहनत से तैयार होला। एह तरह से छठ खाली प्रकृति के पूजा ना, बल्कि लोकजीवन, श्रम अउर सामाजिक सहभागिता के भी परब ह।

ये भी पढ़ें- छठ केवल सूर्योपासना नहीं, प्रकृति, लोकसंस्कृति और सामाजिक समरसता का महापर्व भी है

छठ के खास प्रसाद ठेकुआ शुद्ध आटा अउर परंपरागत विधि से बनावल जाला। एकर स्वाद में गाँव-घर के अपनापन बसल रहेला। पहिले गाँव में जे फल, फूल अउर वनस्पति उपलब्ध रहत रहे, ओही के पूजा में इस्तेमाल कइल जात रहे। समय के साथ यातायात अउर बाजार के सुविधा बढ़ल त दूर-दराज के इलाका के फल भी पूजा सामग्री में शामिल हो गइलें। आज हमनी के बाजार पर पहिले से अधिक निर्भर हो गइल बानी जा, बाकिर पूजा के मूल भावना आजो प्रकृति के प्रति समर्पण अउर शुद्धता ही बा।

लोक आस्था के साथ जुड़ल बा परिवार अउर समाज

छठ के कठिन बरत में माई-बहिन लोग के तपस्या अउर समर्पण देखे लायक होला। संतान के सुख, ओकर लंबा उमिर अउर परिवार के खुशहाली खातिर व्रती कई दिन तक कठिन नियम के पालन करेलें। एह परब में जाति, वर्ग अउर आर्थिक स्थिति के भेदभाव से ऊपर उठ के पूरा समाज एकजुट हो जाला। घाट के सफाई, पूजा के व्यवस्था अउर प्रसाद के वितरण में हर वर्ग के लोग आपन योगदान देला।

ये भी पढ़ें- छठ पर्व : प्रकृति संरक्षण, लोकआस्था अउर भोजपुरिया संस्कृति के अटूट प्रतीक

बिहार अउर पूर्वांचल के लोग जहाँ-जहाँ दुनिया में गइल बा, उहाँ छठ के परंपरा भी अपना संगे ले गइल बा। परदेस में रहत लोग भी छठ के मौका पर अपना गाँव-घर पहुँचे के कोशिश करेला। जे लोग ना आ पावेला, ऊ लोग जहाँ रहेला, ओहिजे नदी, तालाब भा कृत्रिम घाट बनाके छठ मनावेला। एह से साफ पता चलेला कि छठ खाली एगो धार्मिक अनुष्ठान ना, बल्कि माटी, परिवार, लोकसंस्कृति अउर अपना जड़ से जुड़ल रहे के भावना भी ह।

सच कहल जाय त छठ हमनी के सिखावेला कि प्रकृति ही जीवन के आधार ह। सूरज, जल, धरती, वनस्पति अउर जीव-जगत के प्रति सम्मान रखल जरूरी बा। प्रकृति से मिलल हर चीज के उपयोग करे के साथ ओकर संरक्षण भी हमनी के जिम्मेदारी ह। एह मायने में छठ आस्था के संगे-संगे प्रकृति के प्रति कृतज्ञता, पर्यावरण संरक्षण अउर सामाजिक एकता के भी महापरब ह।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here